यह भी पढ़ें

भइया हो बिहार में बस नाम के शराबबंदी बा-नूरैन अन्सारी

ना ख़रीदे पर सन्धि बा
ना पिये पर पाबंदी बा
भइया हो बिहार में
बस नाम के शराबबंदी बा

लोग अपने मन के करत बा
प्रशासन से के अब डरत बा
पी के खूब नक़ली शराब
लोग थोक भाव में मरत बा

ना कौनो लामबंदी बा
ना कौनो घेराबंदी बा
भइया हो बिहार में
बस नाम के शराबबंदी बा

पतई ना पूरा पेड़ हिलत बा
प्रशासन ओल छिलत बा
जेकर बा जोगाड़ बढ़िया
वोकरा घरे बइठल मिलत बा

नाहीं कौनो मंदी बा
सबक़र रजामंदी बा
भइया हो बिहार में
बस नाम के शराबबंदी बा

आपको यह भी पसंद आएगा

साहित्य अड्डा

जागऽ बेटी.. – रिशु कुमार गुप्ता

हर जुग में होखत आइल तहरे प अत्याचार काहें? काँपत...

हमहि से प्रेम हमहि से छुपावे के बा-मुकेश भावुक

उनुकर इरादा हमके सतावे के बा, हमहि से प्रेम हमहि...

कर लूं यादों से तेरी किनारा सनम

कर लूं यादों से तेरी किनारा सनम, हो भी जाएगा...

केका समझी आपन केका समझी गैर, छोड़ा खैर? – राम अचल पटेल

केका समझी आपन केका समझी गैर छोड़ा खैर? घरहिन में बा...

छूट गइल जबसे घरवा-रिशु कुमार गुप्ता

मन करत रहे पहिले जाए के दूर हो, रहे ओह...