यह भी पढ़ें

केका समझी आपन केका समझी गैर, छोड़ा खैर? – राम अचल पटेल

केका समझी आपन केका समझी गैर
छोड़ा खैर?

घरहिन में बा खींचा तानी
सब मन मनुआ सब मनमानी
देवी देउता भये उड़न – छू
सुख लइके उडि चलिन भवानी
केतनो चीखी – माथा पीटी
केहु न बा सुनवईया टेर
छोड़ा ख़ैर?

बाबू ,भईया ,माई, भउजी
सब के सूझी बा अलगौझी
अलग अलग बा चूल्हा सबके
अलगै दुलहिन दूल्हा सबके
कट के अईसे रहैं की जईसे
जनम – जनम के बाटई बैर
छोड़ा ख़ैर?

केका पकड़ी केका छोड़ी
केकरे माथे गुस्सा फोडी
केसे विनती अउर चिरौरी
केसे हाथ अ अंगुरी जोरी
केका कही ई जीवन गाड़ी
चल ना पाई प्रेम बगैर
छोड़ा ख़ैर?

आपको यह भी पसंद आएगा

साहित्य अड्डा

कर लूं यादों से तेरी किनारा सनम

कर लूं यादों से तेरी किनारा सनम, हो भी जाएगा...

छूट गइल जबसे घरवा-रिशु कुमार गुप्ता

मन करत रहे पहिले जाए के दूर हो, रहे ओह...

निमने बतिया लोग के ख़राब लागत बा – नूरैन अन्सारी

निमने बतिया लोग के ख़राब लागत बा. धतूर जईसन कडुआ...

सब कुछ सहल जाता – नूरैन अन्सारी

कहाँ कुछु कहल जाता. सब कुछ सहल जाता. बोली पर पाबंदी...

जबसे राउर एहसान भइल बा – नूरैन अन्सारी

जबसे राउर एहसान भइल बा. बहुत ज़्यादा नुक़सान भइल बा. भूख...