यह भी पढ़ें

दरिया के पानी गइल

हमरा आंख के हर कहानी गइल,
का कहीं केतना जिंदगानी गइल.

दरद मत खोज हमरा ललाट पर,
चेहरा के सगरो निशानी गइल.

जे बचल से सब बाट जोहत बा,
लोग कहे कि दरिया के पानी गइल.

अब त लोर सुख के कांटा भईल,
आँख से आंसू के रवानी गइल.

छप गइल जवन दिलो दिमाग पर,
कह मत की कवनो कहानी गइल.

खेत,खरिहान,घर,बगइचा,आंगन,
‘भावुक’ हर चीज सुहानी गइल.

आपको यह भी पसंद आएगा

साहित्य अड्डा

जुग बदलल जमाना बदलल – शम्श जमील

जुग बदलल जमाना बदलल मेहर के साथें मरदाना बदलल फरक का...

दुनिया मे अब इहे बुझाता

दुनिया मे अब इहे बुझाता, बात बात पर लाठी भाला. सभे...

आज ले कवनो पैगाम ना आईल – मुकेश भावुक

आज ले कवनो पैगाम ना आईल, उ पास रह के...

उम्मीद के फूल – मुकेश भावुक

होके परेशान उ मर गइल, का रहे उ का...