यह भी पढ़ें

का बतलाईं यार बुढ़ारी – श्वेता राय

का बतलाईं यार बुढ़ारी।
कई देला बेकार बुढ़ारी।

आँख कान सब गइल किनारे,
घुटना से लाचार बुढ़ारी।

दांत हेराइल स्वाद बिलाइल,
लागे जइसे भार बुढ़ारी।

बरवा झर के उज्जर हो गइल,
का करिहें श्रृंगार बुढ़ारी।

इंस्टा ट्विटर जुग में जाना,
बासी बा अख़बार बुढ़ारी।

नाती नतिनी यदि हो संघे,
तब जाना गुलज़ार बुढ़ारी।

गऊंवा तब्बो ठीक ठाक बा,
शहर में जिउ के मार बुढ़ारी।

राम राम कहि रोज पूछाला,
होई कइसे पार बुढ़ारी।

आपको यह भी पसंद आएगा

साहित्य अड्डा

कर लूं यादों से तेरी किनारा सनम

कर लूं यादों से तेरी किनारा सनम, हो भी जाएगा...

केका समझी आपन केका समझी गैर, छोड़ा खैर? – राम अचल पटेल

केका समझी आपन केका समझी गैर छोड़ा खैर? घरहिन में बा...

छूट गइल जबसे घरवा-रिशु कुमार गुप्ता

मन करत रहे पहिले जाए के दूर हो, रहे ओह...

निमने बतिया लोग के ख़राब लागत बा – नूरैन अन्सारी

निमने बतिया लोग के ख़राब लागत बा. धतूर जईसन कडुआ...

सब कुछ सहल जाता – नूरैन अन्सारी

कहाँ कुछु कहल जाता. सब कुछ सहल जाता. बोली पर पाबंदी...

जबसे राउर एहसान भइल बा – नूरैन अन्सारी

जबसे राउर एहसान भइल बा. बहुत ज़्यादा नुक़सान भइल बा. भूख...