यह भी पढ़ें

याद तहार लौटावे के बा – नूरैन अन्सारी

नूरैन अन्सारी जी भोजपुरी के कवि,लेखक बानी. ई रचना उनुका अनुमति से इहाँ प्रकाशित कईल गइल बा.

मिले एक दिन आवे के बा.
याद तहार लौटावे के बा.

तुड़ के सगरी रिश्ता – नाता,
अंतिम लोर बहावे के बा.

प्यार मुहब्बत सब धोखा ह,
दिल के इ समझावे के बा.

नींद गववनी , चैन गववनी,
सगरी बात बतावे के बा.

कुछ ना मिलल रो के इहवा,
गीत ख़ुशी के गावे के बा.

ना देखेंम हम मुड के फेरु,
किरिया मन में धरावे के बा.

आपको यह भी पसंद आएगा