यह भी पढ़ें

दोसरा के हँसावे ना आइल – अनिल ओझा ‘नीरद’

ठकुरसुहाती अबले भइया, हमरा गावे ना आइल ।
खुद कबहूँ, हंसनी ना त, दोसरो के हँसावे ना आइल।।

सोचते रहि गइनी,जिनिगी के,रस से सराबोर कई दीं ।
हो गइनी नीरस काहें, अतनो त बतावे ना आइल ।।

कई बेरि सोचनीं, कि चोटी, हिमगिरि के हमहूँ छू लीं।
संकल्पे ना सधि पावल कि, कदम बढ़ावे ना आइल ।।

गांव से चलि के,शहर तलक, आ गइनी जाने कइसे दो?
एकरा से आगे के रस्ता, हमें बनावे ना आइल ।।

बिन पानी के मछरी अइसन,तड़पि-तड़पि जीयत बानी।
तड़पि के जीये आइ गइल,पानी त जुटावे ना आइल ।।

होई कबो उजाला कवनो, बस खाली सपने लागल ।
अन्हियारा समाज वाला से,बचे-बचावे ना आइल ।।

लोग कहत बा,सम्हरि जा बबुआ,अबहूँ बहुत समय बाटे।
समय के अपना खाँचा में त, हमें सजावे ना आइल ।।

बरिसन से त, लागले बाटे,अपना-अपना काम में लोग ।
सभकेहू का,अपना के, काबिल त बनावे ना आइल ।।

आपको यह भी पसंद आएगा

साहित्य अड्डा

जागऽ बेटी.. – रिशु कुमार गुप्ता

हर जुग में होखत आइल तहरे प अत्याचार काहें? काँपत...

हमहि से प्रेम हमहि से छुपावे के बा-मुकेश भावुक

उनुकर इरादा हमके सतावे के बा, हमहि से प्रेम हमहि...

कर लूं यादों से तेरी किनारा सनम

कर लूं यादों से तेरी किनारा सनम, हो भी जाएगा...

केका समझी आपन केका समझी गैर, छोड़ा खैर? – राम अचल पटेल

केका समझी आपन केका समझी गैर छोड़ा खैर? घरहिन में बा...

छूट गइल जबसे घरवा-रिशु कुमार गुप्ता

मन करत रहे पहिले जाए के दूर हो, रहे ओह...