यह भी पढ़ें

ई प्यार जिन्दगी के,कतना मधुर भला बा- अर्चना पाठक

ई प्यार जिन्दगी के
कतना मधुर भला बा
मनुहार जिन्दगी के
सौरभ भरल दिशा बा


ई चाँदनी निशा बा
उमगल उमंग से बा
ई धार जिन्दगी के
ई जिन्दगी समर्पण
कतना पवित्र बंधन
सबसे मिलीं सदा ही
आधार जिन्दगी के
सुन्दर सुखद डगर बा
ई प्यार के नगर बा
उमड़ल जहाँ चलत बा


मधु-ज्वार जिन्दगी के
जीवन अगर गरल बा
साथे पियल सरल बा
हँस-हँस के झेल लीं जा
मझधार जिन्दगी के
ई धार जिन्दगी के

आपको यह भी पसंद आएगा