यह भी पढ़ें

भारत, पाकिस्तान क्रिकेट विश्व कप 2023 खातिर क्वालीफाई, दक्षिण अफ्रीका, वेस्टइंडीज, श्रीलंका परेशानी में

विश्व कप 2023 खातिर भारत, पाकिस्तान समेत सात गो टीम मौजूदा टीम रैंकिंग के चलते क्वालीफाई कर चुकल बाड़ी सँ.

अतवार के दिने श्रीलंका के खिलाफ होखे वाला एकदिवसीय मैच बरखा के कारण ना हो पावल जेकरा बाद अफगानिस्तान अगिला साल होखे वाला आईसीसी क्रिकेट विश्व कप में आपन जगहा पक्का कर लिहले बा.

मौजूदा एकदिवसीय रैंकिंग में अफगानिस्तान एह बराबरी के मैच के बाद 115 अंक ले के सातवाँ जगहा पर बा.

अब अगर अफगानिस्तान विश्व कप खातिर क्वालीफाई कर लिहले बा त एकर मतलब बस इहे बा कि ओकरा ऊपर के सगरी छह गो टीम भी अगिला विश्व कप में खेले खातिर क्वालीफाई कर लिहले बिया.

टीम रैंकिंग में भारत 134 अंक के साथ सबसे ऊपर बा। एकरा साथे इंग्लैंड 125 अंक ले के दुसरका जगहा पर बा आ न्यूजीलैंड ओतने अंक ले के (नेट रन रेट में पीछे रहला का चलते) तिसरका जगहा पर बा.

साथही नेट रन रेट में अंतर का चलते आस्ट्रेलिया 120 अंक ले के चउथा, बांग्लादेश पांचवा आ पाकिस्तान छठवाँ जगहा पर बा.

आठवाँ स्थान पर वेस्टइंडीज (88 अंक), नौवां स्थान पर आयरलैंड (68 अंक), दसवाँ स्थान पर श्रीलंका (67 अंक) आ ग्यारहवाँ स्थान पर दक्षिण अफ्रीका (59 अंक) सातवाँ स्थान पर अफगानिस्तान से ठीक नीचे बा .

आठ गो टीम अपना टीम रैंकिंग का आधार पर 2023 में होखे वाला एकदिना विश्व कप खातिर सीधे क्वालीफाई करे वाली बाड़ी सँ.

मतलब कि वेस्टइंडीज, श्रीलंका आ दक्षिण अफ्रीका के खाली एगो टीम अगिला विश्व कप खातिर सीधे क्वालीफाई करी जबकि बाकी टीमन के क्वालीफायर मैच खेले के पड़ी.

आपको यह भी पसंद आएगा