17 वां भोजपुरी फिलिम अवार्ड में केकर रहल जलवा

प्रसिद्ध फिल्म ट्रेडिंग आ आईटी कंपनी आई ईव एरा व अशोक प्रसाद अभिषेक के द्वारा प्रस्तुत आ ए बी 5 मल्टीमीडिया द्वारा आयोजित 17वां भोजपुरी फिल्म अवार्ड 2023 रंगारंग कार्यक्रम के बीच मुंबई के अथरवा कॉलेज में संपन्न पिछले महीने सम्पन्न हो गइल.

पिछला 17 सालों से विनोद गुप्ता द्वारा आयोजित हो रहल भोजपुरी सिनेमा जगत के सबसे पुरान, सबसे प्रतिष्ठित अवार्ड समारोह में जहां 17 वीं लोकसभा में आजमगढ़ से सांसद बनल दिनेश लाल यादव निरहुआ के बेस्ट एक्टर के अवॉर्ड मिलल,ओहिजा प्रदीप पांडेय चिंटू, आम्रपाली दुबे,देव सिंह,प्रमोद शास्त्री आ अभय सिन्हा जइसन दिग्गजन के काम के भी सराहना मिलल.

दिनेश लाल यादव निरहुआ के अवॉर्ड 2019 में आईल उनुकर फिलिम शेर ए हिंदुस्तान के खातिर मिलल जबकि प्रदीप पांडेय चिंटू एह बार के अवार्ड के साथे साथे हैट्रिक भी लगा दिहलें. ह से पहिले चिंटू अयोध्या भोजपुरी साइन आवार्ड आ झारखंड इंटरनेशनल फ़िल्म अवार्ड में भी बेस्ट एक्टर के खिताब जीत चुकल बाड़ें. जबकि एह साल 2020 -21 में आईल उनकर फिलिम ‘यह कहानी है लैला मजनू की’ के खातिर बेस्ट एक्टर के अवार्ड खातिर चुनल गइल.

अब अगर बात बेस्ट एक्ट्रेस अवॉर्ड के कइल जाव त आम्रपाली दुबे के 2020 में आइल उनकर फिलिम ‘लागल रहा बताशा’ के खातिर दिहल गइल. अपनी एक्टर देव सिंह के फिलिम ‘कसम पैदा करने वाले की 2’ के खातिर बेस्ट नेगेटिव एक्टर के अवॉर्ड दिहल गइल.

2019 में आइल फिलिम छलिया के खतिर प्रमोद शास्त्री के जबकि 2020 -21 में दुल्हन वही जो पिया मन भाए के लिए रजनीश मिश्रा के बेस्ट डायरेक्टर के अवार्ड मिलल. निर्माता अभय सिन्हा के ‘दुल्हिन वही जो पिया मन भाए’ के लिए बेस्ट पॉपुलर फिल्म के अवॉर्ड मिलल, जबकि रत्नाकर कुमार के बाबुल के खातिर बेस्ट फिल्म सोशल इशू के अवॉर्ड मिला.

आप लोगन के बता दिहल जाव की एह बार दु साल के फिलिम यानी (2019-21) के शामिल कइल गइल रहे. पिछला बार कोविड के वजह से आयोजन ना भइल रहे.

इहों पढ़ल जाव