चार दिन के रिमांड पर केजरीवाल, 1 अप्रैल तक ईडी के कस्टडी में

ईडी अदालत में कहलस कि निकालल डिजिटल डाटा के जांच करे के होई। एएसजी एसवी राजू बतवले कि केजरीवाल के बयान दर्ज भईल, लेकिन उ सवाल के सीधा जवाब नईखन देत, मिलल डिजिटल डाटा के भी जांच कईल जाता।

दिल्ली के कथित शराब नीति घोटाला में गिरफ्तार मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के ईडी रिमांड चार दिन खातिर बढ़ा दिहल गइल बा. अब उ एक अप्रैल तक ईडी रिमांड में रहीहे। एकरा से पहिले ईडी (प्रवर्तन निदेशालय) कोर्ट से केजरीवाल के रिमांड के सात दिन बढ़ावे के मांग कईले रहे।

दिल्ली शराब नीति घोटाला मामले में अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तारी के बाद रिमांड के आज आखिरी दिन रहे. ईडी के टीम आजु अरविंद केजरीवाल के लेके राउज एवेन्यू कोर्ट पहुँचल जहां मामले के सुनवाई भइल.

सुनवाई में वीसी के माध्यम से ईडी के ओर से एएसजी एसवी राजू अवुरी विशेष वकील ज़ोहेब हुसैन पेश भईले। केजरीवाल के ओर से कोर्ट में वरिष्ठ वकील रमेश गुप्ता पेश भईले। पुलिस दिल्ली के मुख्यमंत्री के हाजिरी खाती सुरक्षा के विस्तृत इंतजाम कईले बिया।

ईडी अदालत में कहलस कि निकालल डिजिटल डाटा के जांच करे के होई। एएसजी एसवी राजू बतवले कि केजरीवाल के बयान दर्ज भईल, लेकिन उ सवाल के सीधा जवाब नईखन देत, मिलल डिजिटल डाटा के भी जांच कईल जाता। ईडी अदालत में कहलसि की अभी कुछ अवुरी लोगन से भी केजरीवाल के आमना-सामना करावे के बा. ईडी कोर्ट से कहलसि की अरविंद केजरीवाल के सात दिन के ईडी कस्टडी में भेज दिहल जाव.

कोर्ट में केजरीवाल कहले कि उनुका के बोले के इजाजत दिहल जाव. कोर्ट में केजरीवाल आपन पक्ष रखलें.

अरविंद केजरीवाल कहलें कि हम ईडी के अधिकारी लोगन के हम धन्यवाद दिहल चाहत बानी अबतक जेतना भी पूछताछ भइल बा उ बिल्कुल ही निमन माहौल में भइल बा.

केजरीवाल अपनी गिरफ्तारी के विरोध करत कहलें कि ‘ई केस दु साल से चलत बा. अगस्त 2022 में सीबीआई द्वारा केस फाइल भइल. फिर ECIR भइल. हमरा के गिरफ्तार काहें कइल गइल जबकि कवनो भी अदालत हमके दोषी नइखे मनले.

हमार नाम सिर्फ चार बार आइल बा. जेकर भी बयान हमरा पक्ष में रहे उ लोग के बयान जबरजस्ती हमरा खिलाफ दियावल गइल बा. ई लोग AAP के तुरल चाहत बाड़ें. ईडी के मंशा हमके गिरफ्तार करे के रहल बा.

इहों पढ़ल जाव