पाकिस्तान के पूर्व राष्ट्रपति परवेज मुशर्रफ़ के निधन

पाकिस्तान के पूर्व राष्ट्रपति आ सेना प्रमुख रह चुकल परवेज मुशर्रफ़ के लमहर बीमारी के बाद निधन हो गइल बा. पाकिस्तानी मीडिया के अनुसार मुशर्रफ़ के अमाइलॉईडोसिस नाम के बीमारी रहे. मुशर्रफ़ के इलाज दुबई के एगो निजी अस्पातल में होत रहल ह.

आपके बता दिहल जाव कि शोशल मीडिया पर परवेज मुशर्रफ़ के आखिरी वीडियो वायरल हो रहल बा जेह में मुशर्रफ़ चले फिर में असमर्थ नज़र आ रहल बाड़ें.हाल फिलहाल के दिन में मुशर्रफ़ दूसरा पर आश्रित हो गइल रहलें आ व्हील चेयर के भरोसे ही उनुकर जिनगी कटत रहल ह.

पूर्व राष्ट्रपति परवेज मुशर्रफ़ के जन्म 11 अगस्त 1943 मे दिल्ली के दरियागंज इलाका में भइल रहे.बटवारा के दौरान उनुकर परिवार पाकिस्तान जाए के फैसला कइलसि. पाकिस्तान में उनकर पिता सईद पाकिस्तान सरकार से जुडलें और विदेश मंत्रालय के काम देखे लगलें. बिदेश मंत्रायल में काम के दौरान उनुकर पिता के ट्रांसफर भी होत रहल.

बाद में उनुकर पिता तुर्की में रही के सरकार के काम काज देखे लगलें.साल 1949 में मुशर्रफ़ अपने पिता के साथ तुर्की आ गइलें. जहां उ तुर्की बोले आ लिखे के सिखलें आ खेल में भी रुचि रखे लगलें.

बाद में परवेज मुशर्रफ़ पाकिस्तान लवटलें आ स्कूली शिक्षा कराची से आ आगे के पढ़ाई लाहौर से पूरा कइलें.

परवेज मुशर्रफ़ 20 जून 2001 से 18 अगस्त 2008 तक पाकिस्तान के राष्ट्रपति रह चुकल बाड़ें. मई 2016 से पाकिस्तानी कोर्ट में देशद्रोह के आरोप के सामना कर रहल मुशर्रफ़ के भगोड़ा घोषित भी कइल जा चुकल बा. जेकरा बाद उ दुबई चल गइलें.

मुशर्रफ़ के जवन बेमारी रहे ओहमें शरीर के सगरो अंग काम कइल धीरे धीरे बंद कर देला. आ रिकवरी के गुंजाइस न के बराबर रही जाला.

इहों पढ़ल जाव