मुख्तार अंसारी के दस साल के सजा, जानिए पूरा खबर

गैंगस्टर एक्ट के ई मामला 1991 में वाराणसी में अवधेश राय के हत्या के बाद 1996 में गाजीपुर के सदर कोतवाली में मुख्तार अंसारी अवुरी उनुकर सहायक भीम सिंह के खिलाफ दर्ज भईल रहे।

मुख्तार अंसारी के यूपी कोर्ट 10 साल के सजा सुनवले बा। गैंगस्टर एक्ट से जुड़ल ए मामला में मुख्तार प पांच लाख रुपया के जुर्माना भी लगावल गईल बा। एही मामला में मुख्तार के सहयोगी भीम सिंह के भी कोर्ट के ओर से 10 साल के सजा सुनावल गईल बा।

इ मामला 26 साल पुरान बा। 1996 में मुख्तार के खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के तहत मामला दर्ज भईल रहे। मुख्तार के खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के तहत 5 मामला बा। वाराणसी में 2, गाजीपुर में 2 अवुरी चंदौली में 1 मामला दर्ज भईल। ए मामला में वाराणसी में दर्ज कृष्णानंद राय हत्या के मामला अवुरी राजेंद्र सिंह हत्या के मामला, गाजीपुर में वशिष्ठ तिवारी हत्या अवुरी पुलिसकर्मीयन प हमला के मामला अवुरी चंदौली में कांस्टेबल रघुवंश सिंह हत्या के मामला शामिल बा।

गैंगस्टर एक्ट के ई मामला 1991 में वाराणसी में अवधेश राय के हत्या के बाद 1996 में गाजीपुर के सदर कोतवाली में मुख्तार अंसारी अवुरी उनुकर सहायक भीम सिंह के खिलाफ दर्ज भईल रहे। मुख्तार अंसारी पर तब 1991 में अवधेश राय हत्याकांड, गाजीपुर कोतवाली इलाका में तब के ‘एडिशनल एसपी’ पर गोली चलावे आ कुछ अउरी मामिला में कुल पांच गो आरोप लागल रहे.

एकरा से पहिले सितंबर में मुख्तार अंसारी के 7 साल के सजा सुनावल गईल रहे। इलाहाबाद हाईकोर्ट के पीठ मुख्तार के जेलर के जान से मारे के धमकी देवे के दोषी ठहरवलस। साल 2003 में तत्कालीन जेलर एसके अवस्थी मुख्तार के खिलाफ आलमबाग थाना में प्राथमिकी दर्ज करवले रहले। मामला के मुताबिक मुख्तार अंसारी के जेल में मिले खाती आईल लोग के तलाशी लेवे के आदेश दिहला प जान से मारे के धमकी दिहल गईल। गारी-गलौज के संगे-संगे मुख्तार द्वारा उनकरा ऊपर पिस्तौल भी तान देले रहलें.

एकरा अलावे माफिया मुख्तार के खिलाफ कुल 59 मामला दर्ज बा। एहमें से 20 गो मामिला अदालत में लंबित बा.

आज मुख्तार के सजा के बाद भाजपा सांसद रहल कृष्णानंद राय के भतीजा आनंद राय कहले कि मुख्तार अंसारी समाज खाती कैंसर हवे। मुख्तार अंसारी के दोसरा मामला में अवुरी कड़ा सजा मिले के चाही।

मुख्तार अंसारी प आरोप बा कि 25 नवंबर 2005 के मुख्तार के आदमी कृष्णानंद राय के गोली मार के हत्या क देले रहले। ए घटना में 7 लोग के हत्या भईल रहे.

इहों पढ़ल जाव