दिल्ली एसिड हमला : फ्लिपकार्ट अवुरी अमेजन के नोटिस

राजधानी दिल्ली में एगो स्कूली छात्रा प भईल तेजाब हमला के मामला में दुगो ऑनलाइन शॉपिंग प्लेटफॉर्म के नोटिस जारी क दिहल गईल बा।

एकरा से पहिले पुलिस के कहनाम रहे कि छात्रा प फेंकल तेजाब ऑनलाइन खरीदल गईल बा। एकरा बाद दिल्ली महिला आयोग फ्लिपकार्ट अवुरी अमेजन के नोटिस जारी कईले बिया।

आयोग नोटिस में लिखले बा कि, हमनी के पता चलल बा कि फ्लिपकार्ट अवुरी अमेजन जईसन जानल-मानल ऑनलाइन शॉपिंग प्लेटफॉर्म प एसिड आसानी से उपलब्ध बा जवन कि गैरकानूनी बा।इ बहुत चिंता के विषय बा अवुरी ए मामला के तुरंत जांच करावे के चाही।’

आयोग के अध्यक्ष स्वाति मालीवाल कहले बाड़ी कि, “तेजाब के इ गैरकानूनी काम अंधाधुंध चलता, जवन कि सही नईखे। ए दुनो के जवाबदेही तय होखे के चाही।”

महिला आयोग के ओर से दिल्ली पुलिस के भी नोटिस भेजल गईल। महिला आयोग जांच करी कि तेजाब खरीदे में सरकार के नियम के पालन भईल कि ना।

आयोग एह दुनु ई-कॉमर्स कंपनी से एकर कारण पूछले बा आ एह प्लेटफार्मन पर बिक्री खातिर ‘एसिड’ के उत्पाद का रूप में राखे वाला विक्रेता लोग का बारे में पूरा जानकारी देबे के कहले बा.

आयोग फ्लिपकार्ट अवुरी अमेजन से इहो पूछले बा कि का कंपनी एसिड बेचे वाला विक्रेता के लाइसेंस के जांच कईले बिया, जदी ना भईल त ओकरा बाद एकर कारण बतावे के कहलस।

आयोग दुनो कंपनी से एसिड खरीदे वाला के बारे में पूरा जानकारी देवे के भी कहले बा अवुरी पूछले बा कि का ऑनलाइन एसिड खरीदेवाला लोग से फोटो आईडी कार्ड पूछल गईल बा।

ए मामला के संज्ञान में राष्ट्रीय महिला आयोग भी आपन टीम के जांच खाती अस्पताल भेजले बा अवुरी पीड़िता के पूरा तरीका से मदद करे के बात कहले बिया।

महिला आयोग के अध्यक्ष रेखा शर्मा बतवली कि ए मामला में पीड़ित महिला के उमर मात्र 17 साल बा, एहसे राष्ट्रीय बाल अधिकार संरक्षण आयोग भी मामला के जांच करी।

का बा पूरा मामला?

14 दिसंबर के दिल्ली के द्वारका इलाका में स्कूल जाए वाली एगो छात्रा प बाइक से सवार दुगो लईका में से एगो लईका तेजाब फेंक देलस।

एह 17 साल के बच्ची के इलाज दिल्ली के सफदरजंग अस्पताल में हो रहल बा। दिल्ली पुलिस के विशेष आयुक्त सागर प्रीत हुड्डा के कहनाम बा कि छात्रा 8 प्रतिशत जर गईल बाड़ी।

पुलिस के कहनाम बा कि ए मामला में उ 12 घंटा के भीतर तीनों आरोपी के गिरफ्तार क लेले बिया।

पुलिस के मुताबिक, “मुख्य अपराधी सचिन के द्वारा फ्लिपकार्ट से एसिड खरीदल गईल रहे अवुरी पेटीएम के माध्यम से एकर पईसा दिहल गईल रहे”

पुलिस के कहनाम बा कि नाबालिग लईकी अवुरी सचिन के बीच ए साल सितंबर तक दोस्ती रहे, लेकिन ओकरा बाद कवनो बात प दरार हो गईल अवुरी लईकी से बात बंद हो गईल।

इहों पढ़ल जाव