यह कंटेंट सब्सक्राइबर्स के लिए है
तुर्की में सोमार के आइल भूकंप से अब तक 2000 लोगन के मुवला के खबर आ रहल बा.भोरे भोरे आइल भूकंप की वजह से कई बिल्डिंग गिर गइल आ मानल जा रहल बा कि मलबे के ढेर में और लोग दबाइल हो सकेला.
तुर्की में भूकंप के केंद्र पूर्वी हिस्से में स्थित गाजियांटेप राज्य के नुरदागी जगह रहल. भूकंप के तीव्रता 7.8 रहल जवन की खतरनाक श्रेणी मे रखल जाला.अमेरिका के जियोलॉजिकल सर्वे के अनुसार भूकंप 18 किलोमीटर धरती से नीचे ही रहल लेकिन भारी तबाही के आशंका भी जाहिर कइल गइल बा. जमीन पर मौजूद इमारतन के ढेर नुकसान पहुंचल.
तुर्की आ सीरिया के बॉर्डर पर आइल भूकंप के झटका काफी देर तक महसूस कइल गइल. स्थानीय मेयर के टिवटर पर लिखल गइल पोस्ट के अनुसार ‘भूकम्प काफी जोरदार रहल. लोगन के सलाह दिहल गइल बा कि घर के बाहर ही इंतजार कइल जाव आ परेशान होखे के जरूरत नइखे. भूकंप के बाद एगो गैस पाइप लाइन में जोरदार ब्लास्ट भी भइल.’
तुर्की के राष्ट्रपति रेसेप तैयप एर्दोगान भूकम्प से पीड़ित लोगन के बेहतरी के कामना कइलें. राष्ट्र्पति ट्विटर पर लिखल संदेश में लोगन के ‘बेस्ट विशेज’ लिख के सबकरी सुरक्षा के कामना कइलें. आ साथ ही देश के डिजास्टर एन्ड एमरजेंसी मैनेजमेंट ऑथोरिटी के लोगन के मदद खातिर अलर्ट पर रखल गइल बा.