एह डेट के बा ‘भोजपुरी फिल्म अवार्ड’ शो

भोजपुरी सिनेमा दुनिया के सबसे पुरान, सबसे प्रतिष्ठित आ सबसे भरोसेमंद निर्णायक मंडल आधारित पुरस्कार समारोह “भोजपुरी फिल्म अवार्ड्स” के 17वां संस्करण 21 जनवरी 2023 के मुंबई में आयोजित कइल जाई.

एह संस्करण में साल 2019, 2020 आ 2021 में सिनेमा हॉल में रिलीज होखे वाली फिलिम भी शामिल होखीहें.

फिल्म अवार्ड के संस्थापक अध्यक्ष विनोद गुप्ता कहले कि भोजपुरी फिल्म के कलाकार आ तकनीशियन के सम्मानित करे के प्रक्रिया साल 2005 में शुरू भईल रहे, Covid-19 महामारी के चलते ए अवार्ड शो के प्रवाह न रुके और जारी रहे, एही से हमनी के इ फैसला कईनी । हर साल का तरह एह साल भी करीब 26 गो कैटेगरी में ट्राफी दिहल जाई.

Photo File : Amraplali Dubey (Bhojpuri Actress) & Dinesh Lal Yadav ‘Nirahua’ (Bhojpuri Actor)

एह महोत्सव में आपन फिलिम जमा करे के आखिरी तारीख 21 दिसंबर 2022 बा. प्रविष्टि फार्म मलाद स्थित भोजपुरी फिल्म पुरस्कार समिति के कार्यालय से लिहल जा सकेला.

तीन घंटा के एह समारोह में भोजपुरी सितारन के रंगारंग कार्यक्रम भी पेश कइल जाई।

पुरस्कार समारोह के निर्देशन के जिम्मेवारी अरशद अशफाक खान के सौंपल गइल बा।17 भोजपुरी फिल्म अवार्ड से जुड़ल अउरी जानकारी आ विवरण आवे वाला दिन में साझा कइल जाई।

इहों पढ़ल जाव