पुरनका आ नया दौर के बीच के कड़ी रहलें बृजेश त्रिपाठी

भोजपुरी सिनेमा के दिग्गज अभिनेता बृजेश त्रिपाठी के निधन हो गइल बा.72 साल के उम्र में उ अपना मुंबई स्थित घर मे आखिरी सांस लिहलें. बृजेश त्रिपाठी के मौत दिल के दौरा पडला से भइल. त्रिपाठी 100 से अधिक भोजपुरी फिल्मन के साथी साथ कई गो हिंदी फिल्म में भी काम कर चुकल बाड़ें.

अभिनेता बृजेश त्रिपाठी के निधन से भोजपुरी इंडस्ट्रीज आ चाहे वालन के गहरा झटका लागल बा. अभिनेता के निधन पर भोजपुरी के दिग्गज कलाकार आ साहित्यकार श्रधांजलि भी दे रहल बाड़ें.

भोजपुरी के गीतकार,साहित्यकार आ अचीवर्स जंक्शन के निदेशक मनोज भावुक बृजेश त्रिपाठी के याद करत अपना फेसबुक पेज पर लिखलें कि त्रिपाठी भोजपुरी सिनेमा के पुरनका आ नवका दौर के बीच कड़ी रहलें. मनोज जी के अनुसार ‘बृजेश त्रिपाठी आ उ दुनो लोग सौगंध गंगा मईया के आ रखवाला में साथे काम कइलें. शूटिंग के दौरान दुनो लोग एकहि कमरा में रहलें. उनकरा साथ शूटिंग आ पर्दा के पीछे के बहुत कहानी रहल. त्रिपाठी पर्दा पर जेतना कड़क रहले वास्तविक जीवन मे ओतने सहज आ मिलनसार रहलें.’

भोजपुरी के तमाम कलाकार उनकरा के श्रद्धांजलि दी रहल बाड़ें. भोजपुरी के गायक आ अभिनेता अरविंद अकेला ‘कल्लू’ उहाँ के श्रद्धाजंलि देत लिखले ‘अभी तक विश्वास नइखे होत कि रउआ हमनी के बीच ना रहनी..रउवा हमेशा आपन आशीर्वाद प्यार हमके और भोजपुरी के सब कलाकार के देले बानी.राउर डाट मे भी प्रेम रहे बहुत कुछ सीखवले बानी चाहे एक्टिंग हो या पर्सनल जिंदगी .बहुत याद आइब आप..’

गायक समर सिंह लिखलें ‘हो सकेला कि एह दुनिया में कुछ सच्चाई होखे भा ना, बाकिर एगो सच्चाई ई तय बा कि एह धरती पर जनमल आदमी के मौत के गोदी में एक न एक दिन सुते के पड़ेला. ई दुनिया प्रकृति के नियम के अधीन बा आ बदलाव एगो नियम ह, शरीर त बस एगो औजार ह, हमनी के सब केहू बृजेश त्रिपाठी के परिवार के संगे एह दुख के घड़ी में बानी जा.भगवान बृजेश जी के आत्मा के शांति देस!.’

बृजेश त्रिपाठी के निधन से भोजपुरी इंडस्ट्री के कबो न भरे वाला घाव लागल बा.

इहों पढ़ल जाव