खेसारी कहले काजल राघवानी से अइसन बात, मच गइल बवाल

भोजपुरी स्टार खेसारी लाल यादव आजु कवनो पहचान के मोहताज नइखन. अपना मेहनत आ लगन से ऊ लाखों प्रशंसकन के दिल में आपन खास जगहा बनवले बाड़न.

अभिनय होखे भा गायन, हर पहलू में खेसारी लाल यादव सबसे ऊपर आवेले। इहे कारण बा कि लोग उनुकर तुलना बॉलीवुड के बड़का स्टार से करेले। एही बीच उनुकर एगो सुपरहिट गाना ‘तोहर होठवा लागेला चॉकलेट’ फेर वायरल हो रहल बा.

एह गीत में खेसारी लाल यादव अपना पसंदीदा अभिनेत्री काजल राघवानी का साथे लउकत बाड़न. दुनु जने एह गाना में अतना धमाका मचवले बाड़न कि प्रशंसकन के बीच धूम मच गइल बा.

एहमें खेसारी लाल यादव काजल पर प्यार के बरसात करत लउकत बाड़न. खेसारी अवुरी काजल अपना अंदाज से लाखों प्रशंसक के दिल जीत चुकल बाड़े।

एह गीत के अबले चार करोड़ से अधिका व्यूज मिलल बा. बता दीं कि खेसारी लाल यादव आ काजल राघवानी के रिश्ता के लेके अक्सर खबर में आवेला।

कई बेर दावा कईल गईल बा कि खेसारी अवुरी काजल एक दूसरा के डेट करतारे। बाकिर दुनु जने के कहना बा कि ऊ लोग बस बढ़िया दोस्त ह.

इहों पढ़ल जाव