लंदन में चिंटू आ काजल राघवानी का कर रहल बाड़े?

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार प्रदीप पाण्डेय चिंटू, अभिनेत्री काजल राघवानी आ हास्य कलाकार रोहित सिंह मटरु अभिनीत भोजपुरी फिल्म ‘होते होते प्यार हो गया’ के ट्रेलर रिलीज हो गइल बा जवन काफी मजेदार बा.

अबकी बेर प्रदीप पाण्डेय चिंटू के एगो अलगे अंदाज में देखल जा रहल बा. एह फिलिम में लव एंगल आ कॉमेडी का साथे साथ सस्पेंस भी बा जवना के क्लाइमेक्स रउरा के झकझोरे वाला बा.

मशहूर अभिनेत्री सहर अफशा एह फिलिम में मेहमान के रूप में लउकत बाड़ी.
आजुकाल्हु भोजपुरी परदा पर प्रदीप पाण्डेय चिंटू आ काजल राघवाणी के केमिस्ट्री लोग के पसंद आ रहल बा.

फिल्म के ट्रेलर यशी फिल्म्स के यूट्यूब चैनल से रिलीज भइल बा जवन बहुते प्रभावशाली लागत बा. फिल्म के निर्माता मनीषा सिन्हा, शिवांशु पाण्डेय बाड़े। निर्देशक हउवें अनंजय रघुराज.

फिल्म के कहानी के बात कईल जाए त एकर शुरुआत लंदन के एगो लईका से होखता, जवन कि एगो भारतीय लईकी के प्यार मे पड़ जाला। बहुत प्यार से भरल नोक झोंक अवुरी झगड़ा के बाद दुनो लोग के बीच प्यार हो जाला।

एहसे फिल्म लव एंगल लागत बा बाकिर ट्रेलर में फिल्म के क्लाइमेक्स सभका होश उड़ावे वाला बा. फिल्म के गीत आ संवाद में नया भोजपुरी शैली के झलक मिलेला जवन बहुते सरल, कोमल आ दर्शकन के सगरी वर्ग से जुड़ल बा. एह फिलिम के शूटिंग लंदन में भइल बा.

फिल्म ‘होते होते प्यार हो गया’ के प्रस्तुति प्रसिद्ध निर्माता अभय सिन्हा के यशी फिल्म्स इंटरप्राइजेज करत बिया.

एह फिलिम में प्रदीप पाण्डेय चिंटू, काजल राघवाणी, अवधेश मिश्रा, रोहित सिंह, कृष्ण कुमार, अमित शुक्ला, श्रद्धा नवल, खुशी झा, अदिति रघुराज मुख्य भूमिका में बाड़े.

फिल्म के प्रचारक रंजन सिन्हा हउवें. कहानी राकेश त्रिपाठी के ह। संगीत दिहले बाड़न साजन मिश्रा, गीत आशुतोष तिवारी, धरम हिंदुस्तानी, यादव राज, रोहित आ वसीम काजी के बा. डीओपी वासु के ह। कोरियोग्राफर बाड़े रिकी गुप्ता, संजय कोनवे आ प्रवीण सेलार.

इहों पढ़ल जाव