भोजपुरी में भी आ रहल बा ‘कभी खुशी कभी गम’

रेणु विजय फिल्म्स इंटरटेनमेंट के बैनर तले एक बेहद खूबसूरत पारिवारिक फिल्म ‘कभी खुशी कभी गम’ के निर्माण कइल जा रहल बा, जेकर शूटिंग के शुरुआत मुम्बई के मड आइलैंड में शुरू हो चुकल बा.

आपके बता दिहल जाव की फ़िल्म के टाइटल 2001 में आइल अमिताभ बच्चन, शाहरुख खान आ रितिक रोशन जइसन सितारन से सजल हिंदी फिलिम ‘कभी खुशी,कभी गम’ के ही बा. फिलिम के टाइटल हिंदी से जरूर लिहल गइल बा लेकिन फिलिम के कहानी केतना अलग होइ ई त आवे वाला समय ही बताई.

फिल्म के निर्माता निशांत उज्जवल कहलें की फिल्म ‘कभी खुशी कभी गम’ खूबसूरत पटकथा पर बने वाली शानदार फ़िल्म होइ, फिल्म में भोजपुरी कलाकार सुपरस्टार प्रदीप पांडे चिंटू ,आम्रपाली दुबे आ संचिता बनर्जी मुख्य भूमिका में नज़र अइहें.

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार उज्ज्वल कहले कि ई फ़िल्म भोजपुरी सिनेमा में माइल स्टोन साबित होइ. भोजपुरी में जहां चहुओर फूहड़पन वाला गीत संगीत बज रहल बा ओह दौर में उ दावा कइलें की ई फ़िल्म ‘कभी खुशी कभी गम’ अब तक के सबसे बढ़ पारिवारिक आ सामाजिक फ़िल्म होइ.

फिल्म ‘कभी खुशी कभी गम’ के निर्देशक प्रेमांशु सिंह बाड़ें, अब तक कई गो सफल फिल्मन के बना चुकल बाड़ें. उनकर कहना बा कि फ़िल्म दर्शकन के अपनी ओर खिंचे में पूरी तरह से सफल होइ. कहानी, संवार, स्क्रीन प्ले आ संगीत हर मोर्चे पर फिलिम सबके उम्मीद पर खरा उत्तरी अइसन दावा कइल जा रहल बा.

अगर फिलिम में दावे के अनुसार मनोरंजन दर्शकन के मिली त ई फिलिम अबतक के सबसे सफल फिलिम के दर्जा पा जाइ.

फिलिम के पहिला शेड्यूल के शूटिंग शुरू हो गइल बा. आपके बता दिहल जाव की निरहुआ के बाद आम्रपाली के जोड़ी ऑनस्क्रीन आम्रपाली के साथ ज्यादा पसंद कइल जा रहल बा.

फिल्म ‘कभी खुशी कभी गम’ के सह निर्माता डॉक्टर संदीप उज्जवल आ सुशांत उज्जवल बाड़ें. एग्जीक्यूटिव प्रोड्यूसर महेश उपाध्याय बाड़ें जबकि कहानी नन्हे पांडे के द्वारा लिखल गइल बा.

फिलिम में मुख्य भूमिका में प्रदीप पांडे चिंटू, आम्रपाली दुबे आ संचिता बनर्जी के साथ सुजान सिंह, बृजेश त्रिपाठी,पल्लवी कोली, सूर्या द्विवेदी, बबलू खान, सुजीत भट्ट नज़र अइहें.

साथ ही भोजपुरी के महानायक कहे जाए वाला कुणाल सिंह भी मुख्य भूमिका में बाड़ें. पीआरओ रंजन सिन्हा के बा जबकि डीओपी मनोज सिंह बाड़े. प्रोडक्शन कंट्रोलर रमेश चौरसिया आ फिल्म में संगीत ओम झा के बा. फिल्म के आउटडोर में शूट अभी बाकी बा.

इहों पढ़ल जाव