अभिनेत्री प्रियांशु सिंह फिलिम ‘लग्न पत्रिका’ के दुसरका शेड्यूल पूरा कइली

अपना बेहतरीन अभिनय आ अपना अद्भुत भाव से लोग के पागल बनावे वाली अभिनेत्री प्रियांशु सिंह अपना फिलिम लग्न पत्रिका के दुसरका शेड्यूल के शूटिंग बाबा गोरखनाथ के शहर गोरखपुर में पूरा कइली.

इहाँ ई बतावल जरूरी बा कि फिल्म लग्न पत्रिका एगो बहुते मधुर कहानी पर आधारित बा, जवना में प्रियांशु सिंह आ विमल पाण्डेय के जोड़ी के ही जलवा देखे के मिली.

फिल्म लग्न पत्रिका मनोरंजन के काम करे के साथे साथ दर्शकन के संदेश देबे के भी काम करी, काहे से कि सिनेमा समाज के आईना होला . ई फिलिम रीति रिवाज आ भोजपुरी संस्कारन से भरल बा जवन रउरा सभे के एह फिलिम से जोड़े मे सफल होई.

फिलिम मे अपना किरदार के बारे में बात करत उ बतवली कि ‘अपना किरदार के बारे मे अभी कुछूओ नईखी बता सकत, एकरा खाती फिल्म देखे के होई, लेकिन निश्चित तौर प बता दिही कि फिल्म में एगो बहुत प्यारा किरदार बा जवन कि अब तक हमार सबसे बढ़िया किरदार होई अब, उम्मीद बा कि रउरा सभे के ई पसंद आई.’

एह फिलिम में प्रियांशु सिंह आ विमल पाण्डेय का अलावे मणि भट्टाचार्य आ पलक तिवारी नज़र अईहें. एह फिलिम के निर्माता शैलेन्द्र नागपाल आ रंजीत सिंह बाड़ें.

एह फिलिम के निर्देशक हउवें आनंद सिंह आ लेखक हउवें मनोज पाण्डेय.

इहों पढ़ल जाव