अंकुश राजा और रक्षा गुप्ता अभिनीत भोजपुरी वेब सीरीज ‘पकडुआ बियाह’ के ट्रेलर आउट

रूढ़िवादी नजरिया का चलते जबरन जइसन कुप्रथा पर आधारित वेब सीरीज ‘पकड़ुआ बियाह’ के ट्रेलर जारी हो गइल बा.

एह धारावाहिक के कहानी समाज के गंभीर समस्या के देखावे के सार्थक प्रयास बा, जवना के तहत युवा लोग के बिना एक दूसरे के जनाले आ अनजान लोग के जबरन बियाह करावल जात रहे।

ई वेब सीरीज अंकुश राजा आ रक्षा गुप्ता का साथे एह कहानी पर आधारित बा जवना के स्ट्रीम 10 दिसंबर के होखी. एह धारावाहिक के निर्माण अभय सिन्हा के यशी फिल्म्स कइले बा. एकर निर्देशक विकास तिवारी हउवें.

वेब सीरीज ‘पकडुआ बियाह’ के बारे में विकास तिवारी कहले कि एकर ट्रेलर अब पब्लिक डोमेन में आ गईल बा। लोग के भी पसंद आ रहल बा। हमनी के प्रयास रहल बा कि कवनो संवेदनशील विषय के साथे एगो सार्थक कहानी दर्शकन के सोझा पेश कइल जाव. तिवारी कहलन कि वेब सीरीज ‘पकड़ुआ बियाह’ हर मायने में पावर फुल एंटरटेनर ह. एकरा से सभे जुड़ पाई।

ई मनोरंजन के साथे रूढ़िवादी विचारन पर एगो हार्ड हिटिंग सीरीज बा। साथही अंकुश राजा कहलन कि भोजपुरी में वेब सीरीज के कल्पना कइल मुश्किल बा बाकिर अभय सिन्हा आ ओटीटी चौपाल कर दिहले बाड़न.

हम उनुकर आभारी बानी कि एहमें काम करे के मौका मिलल आ आजु हमनी के एगो बेहतरीन वेब सीरीज ‘पकड़ुआ बियाह’ तइयार हो गइल बा. आशा बा, एकरा के दर्शकन के बहुते दुलार आ प्यार मिल जाई.

बता दीं कि वेब सीरीज ‘पकडुआ बियाह’ में अंकुश राजा आ रक्षा गुप्ता का साथे अनारा गुप्ता, विनीत विशाल, विष्णु शंकर बेलू, बिजेन्द्र सिंह बीबी, शकील शेख मुख्य भूमिका में बाड़े.

एकर पीआरओ रंजन सिन्हा हउवें. गीत आ संगीत ओम झा आ गोविंद झा के बा. परियोजना प्रमुख पंकज तिवारी बाड़े।

इहों पढ़ल जाव

वेब सिरीज़ के ट्रेलर के लल्लन भोजपुरी द्वारा दिहल गइल रेटिंगअंकुश राजा और रक्षा गुप्ता अभिनीत भोजपुरी वेब सीरीज 'पकडुआ बियाह' के ट्रेलर आउट