‘हसीना’ मे खेसारीलाल आ अनुपमा के स्वर पर यामिनी सिंह के ठुमका

भोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ अभिनेत्री यामिनी सिंह के गाना ‘हसीना’ आजु सारेगामा हम भोजपुरी से रिलीज भइल बा.

इ गाना रॉयल प्लाजा दिल्ली में एगो इवेंट के दौरान रिलीज भईल बा, जवन रिलीज के संगे-संगे वायरल होखता, एहीसे महज कुछ मिनट में 2 लाख से जादे लोग ए गीत के देखले बाड़े।

एह गीत के सबसे खास बात ई बा कि ई एगो अइसन गीत बा जवना लोगन के झूमे पर मजबूर कर देई. सरेगामा हम भोजपुरी आ खेसारीलाल यादव के सहयोग से ई एगो अउरी नया धमाल गीत जारी भइल बा।

Scene In Song ‘Hasina’ – Kheshari Lal Yadav & Yamini Singh (Actor & Actress)

दूसर ओर ‘हसीना’ गाना के संबंध में सारेगामा हम भोजपुरी के बिजनेस हेड बद्रीनाथ झा बतवले कि हसीना मस्ती से भरल गीत ह। लोग के ई बात जरूर पसंद आई।

एक बार फिर भोजपुरी के सिरमौर खेसारीलाल यादव के एह अद्भुत गीत में देखल जा रहल बा। उहाँ के कहलन कि भोजपुरी इंडस्ट्री से वादा का मुताबिक हर बेर हमनी के प्रयास होला कि दर्शकन के स्वस्थ मनोरंजन दिहल जाव.

बढ़िया गीत दीं, जेकर कारवां लोग के मनोरंजन के दुनिया के विविधता के सफर पर ले जाला। हमनी के ना त अश्लीलता के पक्ष में बानी जा, ना हमनी के मकसद सिर्फ धंधा बा। हमनी के प्रयास भोजपुरी के ओकर समृद्धि के ओर ले जाए के बा।

एकरा खातिर हमनी के अपना लेबल के हर प्रतिभाशाली कलाकार के मौका दे रहल बानी जा। भविष्य में भी इ प्रक्रिया जारी रही। फिलहाल रउरा सभे से अपील करब कि हसीना गाना के अउरी बड़हन हिट बनाईं.

खेसारीलाल यादव के साथे गीत मे नज़र आ रहल अभिनेत्री यामिनी सिंह कहली कि इ गीत हमरा दिल के करीब बा। सारेगामा हम भोजपुरी आ खेसारीलाल यादव का साथे काम कइल हमरा खातिर खास रहल बा. एह गीत के निर्माण के दौरान बहुत मजा आइल। खेसारीलाल एगो अद्भुत कलाकार हउवें.

उनुका संगे काम कईल सभके सपना ह। यामिनी कि आजुकाल्हु बियाह के महीना चलत बा, ओकरा खातिर ई हमनी का तरफ से भोजपुरिया समाज के उपहार ह. त हम सगरी दर्शकन से अपील करब कि एकरा पर ढेर सारा प्यार आ आशीर्वाद के बरसात करावल जाव.

महत्व के बात ई बा कि ‘हसीना’ गीत के अनुपमा यादव का साथे खेसारीलाल यादव गवले बाड़न. गीत छोटू यादव के बा। विकी वॉक्स के दिहल संगीत बा. रचना शुभम तिवारी के ह।

इहों पढ़ल जाव