महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहले उद्धव ठाकरे

शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न.

बहुमत के जांच प सुप्रीम कोर्ट के आदेश के कुछ समय बाद सोशल मीडिया प लाइव आवत ठाकरे कहले कि उ नईखन चाहत कि शिव सैनिकन के खून बहे। एही चलते उ महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री पद छोड़तारे। ठाकरे कहले कि उनुका पद छोड़े के कवनो दर्द नईखे।

उद्धव ठाकरे विधान परिषद के सदस्यता भी छोड़ रहल बाड़े।

एकरा बाद उ राज्यपाल भगत सिंह कोशयारी के इस्तीफा देवे खाती राजभवन पहुंचले।

एकरा से पहिले बुधवार के रात के करीब 9 बजे सुप्रीम कोर्ट बहुमत के जांच प रोक लगावे से इनकार क देलस।

महाराष्ट्र के राज्यपाल गुरुवार के सबेरे 11 बजे फ्लोर टेस्ट करावे के कहले रहले।

उद्धव ठाकरे शिवसेना के विद्रोही विधायकन के भी निशाना बनवले।

उद्धव ठाकरे अपना संबोधन के शुरुआत महाविकास आघड़ी गठबंधन के सदस्य कांग्रेस आ राकांपा के धन्यवाद देत कइलन. ढाई साल के कार्यकाल में सरकार के उपलब्धि के गिनती कईले।

इहों पढ़ल जाव