यूपी में दर्ज सगरी मामिला में ऑल्ट न्यूज़ के मोहम्मद जुबैर के सुप्रीम कोर्ट जमानत दे दिहलसि

फैक्ट चेक वेबसाइट ऑल्ट न्यूज के सह-संस्थापक मोहम्मद जुबैर के जमानत देत घरी सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि उनुका के लगातार हिरासत में राखे के कवनो औचित्य नइखे. अदालत खुद बुध के दिने उनुका के रिहा करे के आदेश दिहलसि.

एकरा संगे-संगे उत्तर प्रदेश में उनुका खिलाफ दर्ज सभ मामला के जांच खाती दिल्ली पुलिस के सौंप दिहल गईल अवुरी एकरा संगे-संगे यूपी सरकार के बनावल एसआईटी के खतम करे के निर्देश दिहल गईल।

सुप्रीम कोर्ट इहो आदेश दिहलसि कि अगर उनुका खिलाफ अइसने कार्रवाई खातिर कवनो दोसर एफआईआर कहीं दर्ज होइतो बा त उनुका के जमानत पर रिहा कर दिहल जाई.

जस्टिस डीवाई चंद्रचूड, जस्टिस सूर्य कान्त आ एएस बोपन्ना के पीठ कहलसि कि राजधानी के पटियाला हाउस कोर्ट में मुख्य महानगर मजिस्ट्रेट के सोझा 20 हजार रुपिया के जमानत (बेलेबल बांड) जमा कइला का बाद जुबैर के उत्तर प्रदेश में दर्ज सगरी मामिला में जमानत पर बाहर रिहा कर दिहल जाई.

सुप्रीम कोर्ट उत्तर प्रदेश में जुबैर के खिलाफ दर्ज सभ मामला के धार्मिक भावना के चोट पहुंचावे के आरोप में जांच खाती दिल्ली पुलिस के सौंप देलस अवुरी दिल्ली पुलिस के एगो विशेष सेल के ओर से दर्ज मौजूदा एफआईआर के साथे जोड़ देलस।

पीठ कहलस कि जुबैर दिल्ली हाईकोर्ट से संपर्क क के उत्तर प्रदेश पुलिस अवुरी दिल्ली पुलिस के ओर से दर्ज सभ प्राथमिकी के रद्द करे के मांग क सकतारे, काहेंकी अब सभ एफआईआर के एक संगे जोड़ दिहल गइल बा।

पीठ के कहना बा कि जुबैर के हिरासत जारी राखे के कवनो औचित्य नइखे जब दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल दर्ज एफआईआर में जुबैर के जमानत दे दिहलसि जवन पहिलहीं से उनुका संगठन के ट्वीट आ फाइनेंसिंग के पूरा जांच कर रहल बिया.

पीठ के कहनाम बा कि, जदी सभ मामला के अलग-अलग अधिकारी के ओर से अलग-अलग जांच करे के बजाय एक प्राधिकरण के ओर से जांच कईल जाए त इ निष्पक्ष अवुरी उचित होई।

सुप्रीम कोर्ट भविष्य में जुबैर के ट्वीट करे से रोके से मना कर दिहलस आ पूछलसि कि का कवनो वकील के बहस करे से रोकल जा सकेला.

दु घंटा से जादा समय तक चलल सुनवाई के बाद पारित एगो लंबा आदेश में पीठ कहलस कि, पत्रकार के ट्वीट अवुरी लिखे से कईसे रोकल जा सकता? अगर उ ट्वीट क के कवनो कानून के उल्लंघन करतारे त ओकरा खिलाफ कानून के मुताबिक कार्रवाई कईल जा सकता।

उत्तर प्रदेश में जुबैर के खिलाफ कुल 7 गो एफआईआर दर्ज करावल गइल बा जवना में हाथरस में दू गो आ सीतापुर, लखीमपुर खेरी, मुजफ्फरनगर, गाजियाबाद आ चंदौली थाना में एक-एक गो एफआईआर दर्ज करावल गइल बा.

18 जुलाई के ए मामला के सुनवाई करत समय सुप्रीम कोर्ट कहले रहे कि मोहम्मद जुबैर के खिलाफ जल्दबाजी में कवनो कदम ना उठावे के चाही।

इहों पढ़ल जाव