कंझावला मामला : गृह मंत्रालय दिल्ली पुलिस से रिपोर्ट मंगलस

गृहमंत्री अमित शाह के निर्देश प मंत्रालय दिल्ली पुलिस से कंझावला मामला के विस्तृत रिपोर्ट मंगले बा।

समाचार एजेंसी पीटीआई के मुताबिक, दिल्ली पुलिस विशेष आयुक्त शालिनी सिंह के अध्यक्षता में जांच समिति बनावे अवुरी जल्दी से जल्दी जांच रिपोर्ट तैयार करे के कहल गइल बा। रिपोर्ट तैयार होखते गृह मंत्रालय के भेज दिहल जाई।

एकरा से पहिले दिल्ली पुलिस बतवले रहल कि रविवार (1 जनवरी) के कार दुर्घटना में मरेवाली लईकी के लाश करीब 10-12 किलोमीटर तक गाड़ी के संगे घसीटात रह गइल रहे।

दिल्ली पुलिस के स्पेशल सीपी (कानून व्यवस्था) सागर प्रीत हुड्डा आज (सोमवार) मीडिया से कहले कि, “(पीड़ित) करीब 10-12 किलोमीटर तक घसीटात रह गइल रहली।”

दिल्ली पुलिस के मुताबिक घटना रविवार के सबेरे 2.30 से 3.30 बजे के बीच भईल।

एकरा से पहिले पुलिस सूचना देले रहे कि दुर्घटना के बाद लईकी के लाश गाड़ी में फंस गईल अवुरी उ गाड़ी के संगे-संगे ‘कुछ किलोमीटर’ तक घसीटात रह गइल । एकरा चलते उनुका माथा के पीछे के हिस्सा अवुरी शरीर के पीछे के हिस्सा छिल गइल रहे।

इहों पढ़ल जाव