दिल्ली में आबकारी नीति प एलजी अवुरी केजरीवाल आमने-सामने काहें ?

दिल्ली सरकार के आबकारी नीति का खिलाफ लेफ्टिनेंट गवर्नर विनय सक्सेना के सीबीआई जांच के सिफारिश कइला का बाद दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के बचाव कइले बाड़न.

दिल्ली सरकार के 2021-22 के आबकारी नीति के नियम के उल्लंघन अवुरी प्रक्रियागत चूक के जांच के सिफारिश करत उपराज्यपाल मनीष सिसोदिया के कटघरे मे खड़ा कईले बाड़े।

सक्सेना के सिफारिश के बाद भाजपा अवरू आम आदमी पार्टी के बीच लड़ाई के एगो नाया मोर्चा खुल गईल बा।

केजरीवाल कहले कि, “उप राज्यपाल, आप सबसे पहिले स्वास्थ्य क्षेत्र खाती काम करत सत्येंदर जैन के गिरफ्तार कईनी अवुरी अब आप सिसोदिया के गिरफ्तार कईल चाहतानी, जवन कि शिक्षा मंत्री बाड़न अवुरी दिल्ली के लाखों बच्चन के जीवन अवुरी कैरियर बना रहल बाड़ें।”

एगो वीडियो मैसेज में अरविंद केजरीवाल कहले कि, “हम 22 साल से सिसोदिया के जानत बानी। उनुका जईसन ईमानदार अवुरी देशभक्त आदमी के हम कबो नईखी देखले।” उ कहले कि लेफ्टिनेंट गवर्नर ‘झूठा आरोप’ लगावतारे।

भाजपा प हमला बोलत अरविंद केजरीवाल कहले कि, “रउआ लोग सावरकर के संतान हई, जवन कि अंगरेजन से माफी मंगले रहले, हमनी के भगत सिंह के संतान हई, हमनी के भगत सिंह के आपन आदर्श मानतानी जा, जवन कि अंग्रेज के सोझा झुके से इनकार क देले। अवुरी फांसी पर चढ़ गइलें . हमनी के जेल अवुरी फांसी से डर नईखे लागल । हमनी के कई बेर जेल जाके आ चुकल बानी जा।”

अरविंद केजरीवाल कहले कि, “सत्येंद्र जैन के दु महीना जेल में राखी, तीन महीना, चार महीना अवुरी राखी, तब उ लोग निकलीहे, फेर से काम शुरू हो जाई।”

आप लोग मनीष सिसोदिया के भी जेल भेजल चाहतानी, एक महीना, दू महीना, तीन महीना, मनीष सिसोदिया के जेल में कब तक रखब? झूठा मामला बा, अदालत में गिर जाई।

बीजेपी के का कहना बा?

सीबीआई जांच करावे के लेफ्टिनेंट राज्यपाल के फैसला के भाजपा नेता स्वागत कईले। भाजपा नेता अवुरी केंद्रीय मंत्री मीनाक्षी लेखी पार्टी के एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में कहली कि, उ लोग लगातार दिल्ली सरकार के आबकारी नीति के जांच के मांग करतारे। दिल्ली के शराब नीति में घोटाला भईल रहे अवरू कुछ लोग के फायदा भईल बा।

लेखी अरविंद केजरीवाल से पूछली कि “अपना के ईमानदारी के प्रमाण पत्र देवे से पहिले उनुका हमनी के ए सवाल के जवाब देवे के चाही।”

उ कहली कि, दिल्ली सरकार शराब नीति के गैरकानूनी तरीका से लागू कईले रहे, जवन कि दिल्ली के जनता के संगे धोखा बा।

लेखी कहली कि “केजरीवाल सवाल के जवाब ना देवेले, अइसे काम ना चली , लोकतंत्र में मतदान प भरोसा होला ना कि शराब । दिल्ली में एगो गिरोह बा जवन कि एकरा के चलावता। इ सब कोरोना डेल्टा लहर के समय भईल रहे ।” .ब्लैकलिस्टेड कंपनी ई लोग ठेका दे डीहले जवन की दिल्ली के जनता के साथ धोखा बा।

उप राज्यपाल के का कहना बा ?

उपराज्यपाल विनय सक्सेना दिल्ली सरकार के आबकारी नीति के सीबीआई जांच करावे के सिफारिश करत मुख्य सचिव के रिपोर्ट के हवाला देले बाड़े।

ए रिपोर्ट के हवाला देत उ दिल्ली के आबकारी विभाग के प्रभारी मनीष सिसोदिया प भ्रष्टाचार में शामिल होखे के आरोप लगवले बाड़े। उनुका मुताबिक मनीष सिसोदिया शराब माफिया के फायदा पहुंचावे खातीर काम कईले बाड़े। एकरा चलते खजाना के भारी नुकसान भईल बा।

इहों पढ़ल जाव