महामहिम – द्रौपदी मुर्मू भारत के पहिली आदिवासी महिला राष्ट्रपति

एनडीए के उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू गुरुवार के राष्ट्रपति चुनाव में विपक्षी दल के यशवंत सिन्हा के भारी अंतर से हरा के भारत के पहिला आदिवासी महिला राष्ट्रपति बन गइल बाड़ी।

एह चुनाव में झारखंड के राज्यपाल रहल द्रौपदी मुर्मू के 2161 वोट मिलल. एकरा संगे-संगे उनुका प्रतिद्वंद्वी यशवंत सिन्हा के 1058 वोट मिलल।

द्रौपदी मुर्मू 25 जुलाई के राष्ट्रपति पद आ गोपनीयता के शपथ लीहें.

बाकिर चुनाव जीतला का साथ ही बधाई संदेश देबे के सिलसिला शुरू हो गइल बा. उनुका के बधाई देवे वाला लोग में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, राजनाथ सिंह, अवुरी अमित शाह से लेके निवर्तमान राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद अवुरी उनुकर प्रतिद्वंद्वी यशवंत सिन्हा भी बाड़े.

भारत के पहिलका आदिवासी महिला राष्ट्रपति बने के राह पर आगे बढ़ रहल द्रौपदी मुर्मू एह चुनाव में भारी अंतर से जीत गइल बाड़ी.

भारत के राष्ट्रपति चुने वाला इलेक्टोरल कॉलेज में कुल वोट के मूल्य 1,086,431 होला.

एह चुनाव में दू गो उम्मीदवार बाड़े एहसे अगर कवनो उम्मीदवार के आधा से अधिका वोट मिलल त ओह उम्मीदवार के जीत तय हो जाई.

अयीसना में द्रौपदी मुर्मू के जीते खाती 543216 वोट वैल्यू के जरूरत रहे।

समाचार एजेंसी एएनआई राज्यसभा के महासचिव पीसी मोदी के हवाला से कहलस कि द्रौपदी मुर्मू के तीसरा दौर खतम होखला के बाद ही 5,77,777 वोट के मूल्य मिलल बा।

एकरा संगे-संगे उनुकर प्रतिद्वंद्वी यशवंत सिन्हा के 2,61,062 वोट वैल्यू मिलल बा।

पीएम मोदी ए जीत के ऐतिहासिक बतवले

राष्ट्रपति चुनाव में जीत के बाद भारत के निवर्तमान राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद अवुरी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्रौपदी मुर्मू के बधाई देले बाड़े।

राष्ट्रपति कोविंद के ओर से कहल गईल बा कि ‘श्रीमती द्रौपदी मुर्मू के 15वां राष्ट्रपति चुनला प बहुत बहुत शुभकामना अवुरी बधाई।’

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ट्विटर प एक के बाद एक चार ट्वीट क के आपन शुभकामना देले बाड़े।

TWITTER/AMIT SHAH

एकरा संगे नवनिर्वाचित राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू खातीर देश-विदेश से बधाई संदेश भी आवे शुरू हो गईल बा।

इहों पढ़ल जाव