भोजपुरी के हॉट एक्ट्रेस नीलू शंकर सिंह , जिनकर चर्चा चारो ओर

भोजपुरी के अमीशा पटेल मानल जाए वाली नीलू शंकर सिंह के हॉट लुक के चलते आजुकाल्ह सोशल मीडिया पर बहुते चरचा होखत बा.

हाल ही में नीलू शंकर सिंह अपना इंस्टाग्राम अवरू फेसबुक प नयका लुक के संगे कुछ खूबसूरत तस्वीर शेयर कईली, जवना में उ बहुत हॉट देखाई देतारी।

नीलू शंकर सिंह के ई हॉट लुक देख के उनुका प्रशंसकन का बीच चरचा होखत बा.

नीलू शंकर सिंह एह नया हॉट लुक में बहुते अलग लउकत बाड़ी, उनुकर नया लुक दर्शकन के पसंद आ रहल बा आ एह नया लुक के बहुते सराहल जा रहल बा.

बता दीं कि हालही में नीलू शंकर सिंह के 3 गो बोलबम गाना ट्रेंडिंग स्टार खेसारी लाल यादव के साथे रिलीज भइल जवना में से चार करोड़ से अधिका लोग एगो गाना देखले बा.

हाल ही में एगो इंटरव्यू के दौरान नीलू शंकर युवा दिल के दिल के धड़कन सुपरस्टार खेसारी लाल यादव के बारे में कहले रहले कि, खेसारी लाल यादव एगो बड़ दिल वाला हवे।

ऊ एगो बढ़िया अभिनेता के साथे साथ बहुते अद्भुत इंसान हउवें आ खेसारी लाल यादव जी में एको परसेंट स्टारडम ईगो नइखे, ऊ बहुते डाउन टू अर्थ हउवें.

ऊ अपना साथी कलाकर आ साथ काम करे वाला लोग के बहुते ख्याल राखेलन आ अगर ओकरा कुछ ना बुझाला त ऊ समझावेलन भी. सच पूछीं त उनुका साथे स्क्रीन साझा करे में हमरा बहुते मजा आइल, आशा बा कि भविष्य में भी हमनी का मिलजुल के काम करब जा.

बस आपन सब प्यार आशीर्वाद अपना नीलू शंकर सिंह पर बनवले राखीं।

इहों पढ़ल जाव