भोजपुरी फिल्म ‘दुबई रिटर्न जीजा जी’ के फर्स्ट लुक आउट

भोजपुरी के एह दौर में बढ़िया फिलिमन के निर्माण हो रहल बा, जवन कि सबले बढ़िया फुल फैमिली ड्रामा फिलिम बाड़ी स, एह कड़ी में एबीसीडी फिल्म्स एंड एंटरटेनमेंट आ डिवाइन फिल्म्स एंड एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘दुबई रिटर्न जीजा जी’ के फर्स्ट लुक, आजु रिलीज़ भइल बा.

नीमन बात ई बा कि आजु एह फिलिम के निर्माता ज्योति पाण्डेय के जनमदिन ह, इहो कहल जा सकेला कि एह फिलिम के पोस्टर ज्योति पाण्डेय के जन्मदिन पर तोहफा के रूप मे आइल बा.

भोजपुरी फिलिम ‘दुबई रिटर्न जीजा जी’ के पहिला लुक

फिल्म के कहानी के बात कइल जाव त कहानी बहुते गजब के बा जवना मे हँसी के भरपूर डोज़ बा काहे कि फिलिम के पोस्टर देख के पता चलत बा कि फिलिम में कॉमेडी के भरमार हो सकेला.

फिलिम के मेकिंग बहुते बढ़िया बा आ फिलिम के शूटिंग उत्तर प्रदेश के बनारस समेत कई गो रमणीय जगहन पर भइल बा.

एह फिलिम के निर्माणज्योति पाण्डेय के बा आ निर्देशन अतुल पाण्डेय के बा, उ कहले कि, “दुबई रिटर्न जीजा जी हमार निर्देशकीय पहिलका फिलिम ह, हम पूरा कोशिश कइले बानी अइसन बेहतरीन फिलिम बनावल जाव जवन रउरा सभे दर्शकन के मनोरंजन कर सके, हमरा उम्मीद बा कि हमार पहिला प्रयास बहुत पसंद आई।”

सिनेमैटोग्राफी समीर सैयद कर रहल बाड़न आ एह फिलिम के लेखक हउवें धर्मेन्द्र सिंह, प्रमोटर सोनू यादव एडिफ्लोर, स्टिल पंकज सक्सेना आ आर्ट चंदन. फिलिम के संगीत भरत चौहान कइले बाड़न आ गीत आरआर पंकज, भारत चौहान, चित्रांगद मिश्रा लिखले बाड़न.

एह फिलिम में चाँदनी सिंह, इशांत कुमार सिंह, संजय पाण्डेय, गौरी शंकर सिंह, धर्मेन्द्र सिंह, रुद्र प्रताप सिंह, नरेन्द्र गुप्ता वगैरह अनेके कलाकार मुख्य भूमिका में नजर अइहें.

इहों पढ़ल जाव