खाकी – द बिहार चेप्टर से भोजपुरिया कनेक्शन

एह सीरीज़ के ज्यादातर हिस्सा बिहार आ झारखण्ड में शूट भइल बा. फिलिम में कहानी के हिसाब से रियल टच लियावे खातिर शूटिंग बिहार आ झारखण्ड में कइल गइल बा.

खाकी द बिहार चेप्टर नाम के एगो वेबसीरीज़ तहलका मचा रहल बिया आ एह सीरीज़ के ओटीटी प्लेटफार्म नेटफ्लिक्स पर रिलीज कइल जा चूकल बा.

वेब सीरीज़ में करण टैकर, अविनाश तिवारी, अभिमन्यु सिंह, जतिन सरना, रवि किशन, आशुतोष राणा, निकिता दत्ता, ऐश्वर्या सुष्मिता, अनूप सोनी, नीरज कश्यप आ भरत झा जइसन सितारन के प्रमुख रोल बा.

खाकी: द बिहार चैप्टर’ के कहानी दिल्ली आईआईटी से ग्रेजुएट आईपीएस अधिकारी अमित लोढ़ा (करण टैक्कर) के काहानी बा. अमित लोढ़ा 1998 बैच के आईपीएस अधिकारी के रोल कइले बाड़ें जे पहिलही बार में ही यूपीएससी परीक्षा पास कर कर लिहलें. अमित लोढ़ा के पहिला पोस्टिंग बिहार में हो जाल, जहां उनकर सामना गैंगस्टर चंदन महतो से होता.

सीरीज के कहानी Bihar Diaries: The True Story of How Bihar’s Most Dangerous Criminal Was Caught किताब पर आधारित बा. ई किताब 1998 बैच के आईपीएस अधिकारी अमित लोढ़ा के द्वारा लिखल गइल बा.

25 साल के अमित लोढ़ा IPS बनके बिहार, त पहुंच गइलें लेकिन उनके सामने केतना चैलेंज आवे वाला बा ओह सब से लोढा अनजान बाड़ें. राज्य में काम करते करते लोढा के सामना होला बिहार के सबसे बड़का गैंगेस्टर चंदन महतो (अविनाश तिवारी) से जेकरा के पकड़ल अतना आसान काम नइखे.

लेकिन अमित लोढा ठान लेत बाड़ें की 15 अगस्त के दिन उ चंदन महतो के पकड़ लीहें आ बिहार के आम जनता के एह अपराधी के चंगुल से बचा लीहें. लेकिन अमित लोढा आ चंदन महतो के बीच लुकाछिपी के खेल का रंग लेके आई उ सब जाने खातिर आप सभ के नेटफ्लिक्स पर खाकी अवश्य देखे के चाहीं.

लेकिन हिंदी वेबसीरीज़ “खाकी- द बिहार चेप्टर” के बात होखे आ कहानी बिहार के होखे आ भोजपुरी के बात न होखे त कहानी अधूरा रही जाइ. कहानी में हिंदी भोजपुरिया अंदाज में सुने के मिली.

खाकी में भोजपुरी अभिनेता रवि किशन, संजय पांडेय, सुशील सिंह भी काम कइले बाड़ें. रवि किशन के रोल अभ्युदय सिंह के रूप में बा ओहिजा संजय पांडेय एसएचओ कन्हैया भारद्वाज जबकि सुशील सिंह भरत यादव के रूप में नज़र आ रहल बाड़ें.

जहां रवि किशन पहिलही से हिंदी फिल्मन में काम करत आ रहल बाड़े ओहिजा संजय पाण्डेय आ सुशील सिंह खातिर हिंदी में एकतरह से ई शुरुआत मानल जा सकेला. भोजपुरी कलाकारन के रोल वेबसीरीज़ में लमहर नइखे लेकिन जेतना भी रोल बा ओतना देर उ लोग दर्शकन के बांधे में कामयाब भइल बाड़ें.

एह सीरीज़ के ज्यादातर हिस्सा बिहार आ झारखण्ड में शूट भइल बा. फिलिम में कहानी के हिसाब से रियल टच लियावे खातिर शूटिंग बिहार आ झारखण्ड में कइल गइल बा.

इहों पढ़ल जाव